Bhojpuri Bhasha ki Vyakhya Hindi mein | भोजपुरी भाषा का इतिहास, Bhojpuri of Bhojpuri language in Bhojpuri


 भोजपुरी भाषा के इतिहास( history of Bhojpuri language  Bhojpuri me ) Bhojpuri Bhasha ka itihas 


भोजपुरी भाषाई परिवार के स्तर प एगो इंडो-आर्य भाषा हीयऽ जवन मूल रूप से भारत के बिचिला गंगा के मैदान के कुछ हिस्सन में आ नेपाल के तराई वाला कुछ हिस्सन में बोलल जाला। भारत में ई भाषा मुख्य रूप से उत्तर प्रदेश के पूर्वांचल में, बिहार के पछिमही में, आ झारखंड के ऊतरवारी-पछिमही इलाका सभ में बोलल जाला। नेपाल के संबिधान एकरा ओहिजा के राष्ट्रभासा के दरजा दिहले बा। 5.1 करोड़ के भासी के संगे, भोजपुरी भारत के आठवा आ नेपाल ने तीसरका सभ से बेसि बोले जाए वला भासा हऽ, आ दुनिया के सभ से बेसि बोले जाए वला मातृभासा सभ मे 26वा स्थान प बा आ दुनिया के सभ से बेसि बोले जाए वला भासा सभ मे 33वा स्थान प बा।

भोजपुरी



देवनागरी आ कैथी लिखाई मे लिखल "भोजपुरी" शब्द

मूलभाषा बाटेभारत, नेपालक्षेत्रबिहार, झारखंड, मध्य प्रदेश, आ उत्तर प्रदेश

मूल बोले वाला

5.1 करोड़ (भारत के जनगणना, 2011) (date missing)

भाषा परिवार

इंडो-यूरोपियन

इंडो-ईरानियन

इंडो-आर्यन

पूरबी जोन

बिहारी

भोजपुरी

लिपि

कैथी (कम इस्तेमाल होखॆला)
देवनागरी (बेसि इस्तेमाल होखेला)ऑफिशियल स्टेटस

सरकारी भाषा बाटे

मॉरीशस, गुयाना, सूरीनाम, फिजी, जमैका आ दक्षिण अफ्रीकाभाषा कोडISO 639-2bhoISO 639-3bho – inclusive code
Individual codes:
hns – कैरेबियाई हिंदुस्तानी
hif – फिजी हिंदीGlottologbhoj1246 Linguasphere59-AAF-saThis article contains IPA phonetic symbols. Without proper rendering support, you may see question marks, boxes, or other symbols instead of Unicode characters.
मूल क्षेत्र के अलावा भोजपुरी जाने-बुझे वाला लोगन के बिस्तार बिस्व के सगरी महादीप कुल पर बा। उत्तर परदेश मे सबसे जादा भोजपुरी बनारस,बलिया,जौनपुर आउर गोरखपुर मे बोलल जाला।जेन्ने-जेन्ने यूरोपियन कॉलोनी रहल अंग्रेज लोग उत्तरपरदेश आ बिहार से भारी संख्या में मजदूरी करे खातिर लोग के ले गइल जिनहन लोग के भाषा भोजपुरी रहे। एसियाइ देशन में मउरीसस सूरिनाम, गुयाना, त्रिनिदाद आ टोबैगो, फिजी नीयन देश प्रमुख बाड़ें जहाँ भोजपुरी प्रमुख भाषा के रूप में बोलल आ बुझल जाला, चाहे इहाँ भोजपुरी के मूल में अन्य भाषा सभ के तत्व मिल के नाया भाषा सभ के निर्माण भइल बा।
भारत के जनगणना आंकड़ा 2011 के अनुसार भारत में लगभग 5.1 करोड़ भोजपुरी बोले वाला लोग बा। मय बिस्व में भोजपुरी जाने वाला लोगन के संख्या लगभग 7 करोड़ से जादे बा। द टाइम्स ऑफ इंडिया के एगो लेखा में कहल गइल बा कि मय विश्व में भोजपुरी बोले वला 16 करोड़ लोग बाड़ान जे में से 8 करोड़ बिहार आउर 7 करोड़ उत्तर परदेश में रहे लें बाकी १करोड़ लोग बचल बिश्व में रहे लें, उत्तर अमेरिका के भोजपुरी संगठन के भी कहनाम बा कि बिस्व में 18 करोड़ अमदी भोजपुरी बोले लें।जनगणना आ हई बात में अंतर एह चलते हो सकेला की ढ़ेर लोग जनगणना में भोजपुरी के आपन माईभाषा ना लिखवावस।

नांवसंपादन
भोजपुरिया चाहे भोजपुरी शब्द भोजपुर शब्द से बनल बा। 12वा शताब्दी मे उज्जैनिया राजपूत आ चेरो सभ के जुद्ध भइल, जेकर उज्जैनिया लोग जितल आ आपन राजधानी के नांव आपन पूर्वज राजा भोज के नांव प भोजपुर (राजा भोज के नगर) धइल। ग्रियर्सन इहाँ, शाहाबाद के उत्तरी-पच्छिमी हिस्सा में, एगो कसबा आ परगना बतवले बाडें जेकरा नाम प एह भाषा के नाम पड़ल। बड़का भोजपुर आ छोटका भोजपुर नांव के दु गो गाँव आजो बक्सर जिला मे बा आ ओहिजा नवरतन महल के खंडहरो बाटे। आगे चल के इहे भोजपुर शब्द पूरा आरा चाहे शाहाबाद के क्षेत्र बदे प्रयोग होखे लागल आ भोजपुरिया चाहे भोजपुरी बिसेसन के एहिजा के लोग आ भासा ला प्रयोग होखे लागल। भोजपुरी छोड़ के एह भासा के अउरो सभ नांव रहे, जइसे मुगल सेना मे भोजपुरिया लोग के बक्सरिया कहल जात रहे। बनारस मे एकरा बनारसी आ अवध मे पूरबी कहल जात रहे। बंगाल मे देसवाली चाहे पछिमी कहल जाला। भारत के बहार सूरीनाम मे एकरा सरनामी हिंदुस्तानी आ कराबिआई देसन मे कैरीबियन हिंदुस्तानी कहल जाला।

पैदाइशसंपादन
बिद्वान लोग भोजपुरी भाषा के पैदाइश मागधी अपभ्रंस से मानें लें।[11] हवलदार त्रिपाठी के कहनाम बा कि भोजपुरी संस्कृते से निकलल हवे।[12] भोलानाथ तिवारी एकर उतपत्ति संस्कृत-प्राकृत से मागधी अपभ्रंस, आ मागधी अपभ्रंस से बिहारी भासा सभ (जे में भोजपुरी भी सामिल कइल जाले) बतवले बाड़ें।[13]
भोजपुरी पर पच्छिमी बोली सभ के प्रभाव भी पाइल गइल बाटे।[14] बाद के समय में एह में हिंदी-उर्दू के परभाव भी देखे के मिले ला आ फारसी के शब्द भी एतना स्वाभाविक रूप से घुल मिल गइल बाडेन कि ऊ भोजपुरिहा बेकति खातिर बिदेसी ना लागेलें। साथे-साथे अंगरेजी के शब्द भी देसी उच्चारण के साथ अब भोजपुरी में बहुत पावल जालें जेवन एह भाषा के शब्द-ग्राहकता के प्रबल प्रमाण बा।

भूगोलीया बिस्तारसंपादन

भूगोलीय बर्गीकरणसंपादन

भूगोलीया वर्गीकरण में उत्तर भारत क लगभग सगरी भाषा कुल इंडो-यूरोपियन परिवार के इंडो-ईरानियन समूह के भाषा ठहरेलीं। ग्रियर्सन महोदय भारतीय भाषा सभ के अंतरंग आ बहिरंग, दू तरह की बिसेसता की आधार, प अलग-अलग श्रेणी में बँटलें जेवना में बहिरंग की आधार पर ऊ भारतीय भाषा सभ के तीन गो प्रमुख शाखा स्वीकार कइलें:

उत्तर पच्छिमी शाखा,

दक्खिनी शाखा, अउरी

पूरबी

एह में अन्तिम शाखा के अन्तर्गत उड़िया, असमिया, बंगाली अउरी बिहारी भाषा सभ के गणना कइल जाला। बिहारी में मैथिली, मगही अउरी भोजपुरी – ई तीन गो क्षेत्रीय भाषा बाड़ी। क्षेत्रविस्तार अउरी भाषाभाषी लोगन की संख्या की आधार पर भोजपुरी अपनी बहिन मैथिली अउरी मगही से बड़ ठहरेले।


 

क्षेत्र



भोजपुरी मुख्य रूप से उत्तर प्रदेश के पूर्वी जिला कुल अउर बिहार राज्य के पछिमही जिला कुल में बोलल जाला। उत्तर परदेश के वाराणसी, मिर्जापुर, गाजीपुर, बलिया, जौनपुर, गोरखपुर, देवरिया, आजमगढ़, बस्ती, सिद्धार्थ नगर आदि जिला के रहेवाला आ बिहार राज्य के पुरबी चम्पारण, पछिमी चम्पारण, गोपालगंज, पछिमी मुजफ्फरपुर, सिवान, सारण, आरा, बक्सर, कैमूर आ रोहतास जिला के रहनिहार लोग के माईभाषा भोजपुरी हवे। एकरा अलावें कलकत्ता नगर में, बंगाल के "चटकल" में आ आसाम राज्य के चाय बगान में आ बंबई के अंधेरी-जोगेश्वरी नियन जगह में लाखन के संख्या में भोजपुरी भाषी लोग रहेलें।अतने ना, मारिशस, फिजी, ट्रिनीडाड, केनिया, नैरोबी, ब्रिटिश गायना, दक्खिन अफ्रीका, बर्मा (टांगू जिला) ई सब देश कुल में बड़ संख्या में भोजपुरिया लोग मिलेले।
भारत आ नेपाल के मूल भोजपुरी क्षेत्र के जिलावार बिस्तार:
जिलाराज्य/देसजिलाराज्य/देसजिलाराज्य/देसकुशीनगरउत्तर प्रदेशमहाराजगंजउत्तर प्रदेशगोपालगंजबिहारगाजीपुरउत्तर प्रदेशमिर्जापुरउत्तर प्रदेशपश्चिम चम्पारणबिहारगोंडाउत्तर प्रदेशबनारसउत्तर प्रदेशपुर्वी चम्पारणबिहारगोरखपुरउत्तर प्रदेशसिद्धार्थनगरउत्तर प्रदेशबक्सरबिहारचंदौलीउत्तर प्रदेशसुल्तानपुरउत्तर प्रदेशभभुआबिहारजौनपुरउत्तर प्रदेशकपिलवस्तुनेपालभोजपुरबिहारदेवरियाउत्तर प्रदेशचितवननेपालरोहतासबिहारफैजाबादउत्तर प्रदेशनवलपरासीनेपालवैशालीबिहारबलियाँउत्तर प्रदेशबारानेपालसारणबिहारबस्तीउत्तर प्रदेशबीरगंज जिलानेपालसिवानबिहारबहराईचउत्तर प्रदेशरुपनदेहीनेपालगढ़वा जिलाझारखंड


कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

संप्रेषण की परिभाषाएं(Communication Definition and Types In Hindi)

  संप्रेषण की परिभाषाएं(Communication Definition and Types In Hindi) संप्रेषण का अर्थ ‘एक व्यक्ति द्वारा दूसरे व्यक्ति को सूचनाओं एवं संदेशो...